बिहार विधानसभा चुनाव और देश के अन्य राज्य में उपचुनाव में जीत खातिर, देश के यशस्वी प्रधानमंत्री आदरणीय श्री नरेन्द्र मोदी जी और भाजपा पर फिर से भरोसा जतावे खातिर भाजपा के सभी कार्यकर्ता और समर्थक के हृदय से बधाई एवं शुभकामना देतानी। आज बिहार में जवन जीत भइल राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के ई जीत हर बिहारवासी के आशा एवम आकांक्षा के जीत बा, ई जीत नरेन्द्र मोदी जी और नीतीश कुमार जी के डबल इंजन के विकास के जीत बा ।ई जीत खातिर हम पूरे बिहार के NDA के कार्यकर्ता के साथ साथ बिहार के जनता के भी हृदय से आभार व्यक्त करतानी आ साधुवाद देतानी। बिहार खातीर देश के यशस्वी प्रधानमंत्री जी के जवन संकल्प रहे “आत्मनिर्भर बिहार” आ जवन देश के जनकल्याणकारी योजना के संकल्प बा उ जनसंकल्पना के जीत पर ही बिहार के जनता आपन विश्वास जतइनी, मुहर लगइनी। ई बिहार के जीत, भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आदरणीय श्री जेपी नड्डा साहब, राष्ट्रीय महामंत्री और बिहार के प्रभारी आदरणीय श्री भूपेंद्र यादव जी, भारतीय जनता पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष आदरणीय डॉ संजय जसवाल जी, बिहार के उपमुख्यमंत्री प्रदेश भाजपा नेता आदरणीय श्री सुशील मोदी जी, भाजपा प्रदेश के सुदृढ़ महामंत्री आदरणीय श्री नगेन्द्र भाई साहब जी , और बिहार के कुशल विकास पुरुष मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जी के नेतृत्व के जीत बा। भारतीय जनता पार्टी के प्रदेश और राष्ट्रीय नेतृत्व के तहत जहां हमनी के भारतीय जनता पार्टी के तमाम नेता और कार्यकर्ता के संकल्प के साथ काम करे के जीत बा हम एकरा खातिर भी भारतीय जनता पार्टी के तमाम नेता और कार्यकर्ता के साधुवाद देतानी। बिहार के जीत बिहार में “सबका साथ, सबका विकाश, सबका विश्वास” के मंत्र के जीत भइल, साथ ही साथ आज जवन काराकाट विधानसभा क्षेत्र में काराकाट विधानसभा क्षेत्र के जनता मालिक जवन जनादेश देनी हम ओकरा के हृदय से स्वागत करतानी, हम ओकरा के स्वीकार करतानी। साथ ही साथ आज काराकाट विधानसभा क्षेत्र से निर्वाचित प्रतिनिधि भाई अरुण जी के साधुवाद देतानी शुभकामना देतानी ।

हम काराकाट विधानसभा क्षेत्र के लोग के अपना मतदाता मालिक के जो अपार प्यार समर्थन मिलल उ प्यार समर्थन खातिर हम हृदय से साधुवाद देतानी और आभार प्रकट करतानी। हम ई विश्वास दिलाइब की काराकाट विधानसभा क्षेत्र के तमाम आपन मतदाता मालिक के जवन हमनी के काराकाट विधानसभा क्षेत्र में संकल्प रहे हमनी के की कभी काराकाट विधानसभा क्षेत्र के मान प्रतिष्ठा पर आँच ना आवे देब। रउरा के कभी एहसास ना होखे देब की हम राउर भाई, भतीजा, बेटा के रूप में रउरा साथ खड़ा नईखी । आज भी हम उ संकल्प के दोहरावतानी जवन आपसबलोग के प्यार समर्थन मिलल उ प्यार समर्थन खातिर हम हृदय से आभार व्यक्त करतानी और फिर भरोसा दिलवातानी की जहां रउरा आवश्यकता होइ, राउर हर समस्या के साथ संघर्ष करत नजर आईब। आईं एहि संकल्प के साथ फिर एकबार आपसब लोग के हृदय से साधुवाद बधाई देते हुए फिर आपन काराकाट विधानसभा क्षेत्र के NDA के साथी के साथ-साथ भारतीय जनता पार्टी के आपन तमाम साथी के हृदय से आभार व्यक्त करम जो कि कोरोना काल मे भी आपन जीवन के प्रवाह ना करते हुए लागातार हर बुथ पर काम कइनी। वही पूरे क्षेत्र में प्रधानमंत्री जी के मंत्र रहे कि कोई भूखा न सोये ओकरा खातिर भी संकल्प के साथ दिन रात एक करके काराकाट विधानसभा क्षेत्र में फिर से विकास के लहर में एकरा खातिर जे जवन जी जान से प्रयास कइनी हम भारतीय जनता पार्टी के कार्यकर्ता साथी,पदाधिकारी के प्रति विशेष आभार प्रकट करतानी ।
फिर एकबार आपसबलोग के प्रणाम।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

error: Content is protected !! Copyright Reserved © RD News Network